देवी गीत : घरे घरे दियना जलावेली

देवी गीत : घरे घरे दियना जलावेली

देवी गीत : घरे घरे दियना जलावेली

**************************

घरे घरे दियना जलावेली मयरिया।
करेली डेहरिया अजोर ।।

नेहिंया क तेल सनेहिंया क बाती।
रचि-रचि दियना जरावैं सारी राती।
हियना बसावेलीं पीरितिया क डोर।।

रऊवे पोखरिया से किनले रहनी माटी।
हंथवा से लीप-पोती सजऊनी उहै टाटी।
सपना पुरावेलीं बखरिया के कोर ।।

अंचरा में पालि-पोसी पलका पे रखनी।
शीश अशीष देके मनशा पुरवनी ।
निंदिया पुरावै मयरिया के लोर ।।


* विनय शर्मा दीप
( कवि लेखक एवं गीतकार )
मुंबई